• West Bengal
  • Last Updated

राहुल भइया के किस्मत में का बाटे, ई तss ऊपर वाला ही बता सकेलन

साल 2019 के जनवरी के आखरी हफ्ता में सर्दी के मज़ा मिल रहल बाटे, एss से ज़्यादा ख़ुशी के बात और भला का हो सकेला। साग - सब्ज़ी तनी सस्ता जाए, एss पss तss दिल हमार का... सभे केहू के दिल गार्डन - गार्डन हो जाई। का कहीं अब, कहे के तss बहुत कुछ बाटे, कहँवा से शुरू करी? अब देखी हर बात में राहुल और मोदी जी के ले आवल ठीक ना लागी, ईss दू जाना के अलावा भी दुनिया में बहुत कुछ बाटे। वोइसे राहुल भइया के किस्मत में का बाटे, ई तss ऊपर वाला ही बता सकेलन, उss कब बियाह करीहें भा केकरा से करीहें अब ई तss उहे नू जानेलन। 'पी एम' के कुर्सी उनकरा नसीब में बाटे की नाss अब ईss भला के कह सकेला।

पिछला साल के बात और वादा के अगर ध्यान में राखी तब तss भइया अबकी साल आम आदमी धूम मचाई, वोइसे नेता मंत्री के वादा से ढेर उम्मीद ना कईल ही ठीक रही... काहे कि ईss प्रजाति कब का कही... कब का करी कहल बड़ा मुश्किल बाटे। एने कहे वाला कह रहल बाटे कि साल 2019 में बेरोज़गारी दुनिया के खूब रोया सकेले... अब सवाल ई बाटे कि भारत के आँसूं आपन मोदी जी कवना हद तक पोंछिहें। भाजपा के कहनाम बाटे कि आपन देश बड़ा तरक्की की ओर बढ़ रहल बा… अब कतना तरक्की... ईss तनी समझे पड़ी|

अरे! भईआ एss से पहीले कि हम भुला जाई हम कह देवे चाहतानी कि आपन शहर कोलकाता में पीयर टैक्सी के मीटर आज कल कवनो आतंकवादी से कम नइखे... उss मीटर कब का करी हम ना कह सकीं... हमरा संगे भी कई बार गड़बड़ मीटर के मुलाक़ात हो चुकल बाटे... अब बुझात ही नइखे कि एकर शिकायत करी तss केकरा से करी... हमरा के कई दफा कई टैक्सी वाला भईआ कहले बा लोग कि जा... जा तहरा जेकरा से शिकायत करे के बाटे तू कर लss... जब हम कहेनी कि हम रेडियो वाला दोस्त राकेश हईं तब तनी बात बन जाला वरना का कहीं... चुप चाप आगे बढ़ जानी|

फिलहाल हम सिर्फ इहे ही बतावे चाहब कि आज गाड़ी बढ़ावे के टाइम हो गईल बाटे कहे के मतलब इ बाटे कि अब निकला तानी... ठीक से रहब सभे... खात रहीं जा वोइसे मौसम से संभल के| और हाँ ! एने कोलकाता पुस्तक मेला के समय हो गईल बाटे... इ बुक फेयर कईसन होखी इss तss देखला के बाद ही हम बता पाईब... खैर! अगला हफ्ता हम पुस्तक मेला के बारे में ज़्यादा कुछ बता पाईब... आज चल तानी... नेक्स्ट  वीक फिर मुलाक़ात होखी... ठीक से रहब सभे... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... दुनिया के तमाम ख़ुशी एक ओर अउर जाड़ा में रज़ाई में घूस के नींद लेवे के मज़ा एक ओर...

bed

एss ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बाय… सलाम नमस्ते|

You can share this post!

...