• West Bengal
  • Last Updated

पुलिस आजकल दुपहिया चलावे वालन के खूब पकड़ रहल बिया

मकर संक्रांत के दिन कोलकाता में अइसन जाड़ा के मज़ा मिली... इ त हम सोचले भी ना रहनी... कसम गंगा मईया की... बड़ा निम्न लागल... लेकिन अबकी नैयका गुड़ वाली संदेश अउर रसगुल्ला में उss मज़ा ना मिलल हss जवन कि पिछला साल तक मिलल रहे। कोलकाता के आसपास के इलाका तss और भी ठंडा गईल रहे... अरे भाई! शीत लहर के मज़ा... उss भी कोलकाता में! का कहीं क्या बात! क्या बात! क्या बात! कोलकाता पुस्तक मेला के तैयारी शुरू हो गईल बाटे... अगला हफ्ता हम पुस्तक मेला के बारे में ज़्यादा कुछ बतावे के पोज़ीशन में रहब... ऊपर झापर देख के अभी कमेंट मारल कवनों छोट - मोट नेता के कमेंट नियन लागी... अब जवन भी होखे हम कवनों छोट मोट नेता ना बने चाहब... और अगर कहीं नेता और अभिनेता बन गईनी तब तss समझ लss भईया कि शत्रु भईया नियन काम ना करब| शहर कोलकाता के ऑटो रिक्शा चलावे वाला और टैक्सी चलावे वाला भाई लोगन के उतपात में कवनों फर्क नइखे आवत... हमरा कान में जवन तरह के बात आ रहल बाटे वो से एक बात तss साफ़ बाटे कि उss लोग केहू से ना डेराला... अगर उपरवाल कुछ करी तबे कुछ होखी... भगवान पर ही आखरी भरोसा बाटे... हमार कान में एगो शिकायत आईल ह कि टालीगंज इलाका के एक ऑटो रिक्शा चलावे वाला भईया दिन में भी दारु पीके ऑटो चलावेलन... वाह! भाई! वाह!... कोलकता पुलिस के जय हो... पुलिस के ख़ुफ़िया नज़र के जय हो… उss इलाका के ऑटो रिक्शा यूनियन के जय हो... उss दारुबाज़ ऑटो चालाक से दुर्घटना नइखे होखत ओकरा खाती यमराज जी के कोटी कोटी प्रणाम। हावड़ा रेलवे स्टेशन के बाहर पुलिस और टैक्सी ड्राइवर के दोस्ती देखे लायक मिलेला... कबो कबो तss इss बुझाला कि कृष्णा सुदामा के दोस्ती देख रहल बानी… तss कबो - कबो दिल पुलिस और टैक्सी ड्राइवर के दोस्ती देख के फिल्म शोले के उहे मशहूर गाना गावे लागेला... "ये दोस्ती हम नहीं छोड़ेंगे... छोड़ेंगे दम मगर तेरा साथ न छोड़ेंगे"। हमरा तss इss नईखे बुझात कि हावड़ा रेलवे स्टेशन किहाँ से पुलिस और टैक्सी ड्राइवर के बीच के दोस्ती में कब दरार पड़ी? ताकी आम जनता चैन के सांस लीही। खैर! चली अब तनी कुछ और बात भी कई लिहल जाओ... हमनी के शहर में नीमन बात भी बहुत होखेला ... आजकल साफ़ सफाई पर काफी ध्यान दिहल जा रहल बाटे... सड़क पर सफाई कर्मी झाडू लगावत खूब नज़र आवेला लोग। अरे! ह... ए से पाहिले कि हम भूला जाई... हम दूपहिया चलावे वालन दोस्तन के याद दिया देवे चाह तानी... भाई लोगन... कोशिश करिह लोग कि... बिना सही कागज़ के आपन गाड़ी अपना घर से ना निकाले के पड़े... पुलिस आजकल दुपहिया चलावे वालन के खूब पकड़ रहल बिया। कोलकाता के फैन्सी मार्केट किहाँ आजकल पार्किंग एगो बड़ समस्या बन गईल बिया... हम ख़ास कई के शनिवार अउर रविवार के इss गौर कईले बानी... सच कह तानी तबाही हो जाला| फिलहाल हम सिर्फ इहे कहे चाहब कि आज अब चल तानी... ठीक से रहब सभे... खात रहीं जा पीअत रहीं जा... नेक्स्ट वीक फिर मुलाक़ात होखी| चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... अजीब चेहरा बनावल, अकेले में बिना बात के हंसल... पाहिले इ कुल के पागलपन के निशानी कहल जाए... आजकल एकरे के सेल्फी के तैयारी कहल जाला...

IMG-20190123-WA0001

ए ही के साथ राउर इ रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बाय… सलाम नमस्ते|

You can share this post!

...