• West Bengal
  • Last Updated

जे जाई लंका उss हे रावण बनी

आज साल के पहिला दिन हss... लिहाज़ा हम बड़ा खुश बानी... काहे कि... हम हमेशा पॉजिटिव सोचेनी... और सोची भी काहे ना? आजकल हर नेता मंत्री के कहनाम बाटे कि पॉजिटिव सोचत रह जा... सब ठीक हो जाई... यहाँ तक कि पूरा देश से भ्रष्टाचार भी गायब हो जाई... अरे! भईया... भ्रष्टाचार से अपना देश के गहरा रिश्ता बन गईल बाटे... जहाँ कहीं भी भ्रष्ट बने खाती मेडल मिली… हमनी के गोल्ड मेडल तss मिल्हई जाई... काss जीss? कवनों गलत बात नईखी नूss कहत|

रउआ आपन दिल पss हाथ रख के तनी सोचीं तss कि संसद में कगो इमानदार एमपी बा लोग... खैर! बड़ बुज़ुर्ग सदियों से कहत आ रहल बा लोग कि... जे जाई लंका उss हे रावण बनी... अब हमार स्कूली दोस्त... तू लोग इss मत समझ ली हss कि हमनी के संसद भवन लंका में बाटे| साल के पहिला दिन हss... नीमन नीमन बात करे के चाही का जी ? ठीक नूss!... अब का करी? खाली अखबार में पढ़तानी कि उत्तर भारत में जाड़ा के वजह से आदमी जम जा रहल बा… आपन कोलकाता में अबकी जाड़ा के उss मज़ा नइखे मिल रहल… यहाँ तक कि अबकी नयका गुड़ के मिठाई में भी उss स्वाद नइखे मिलत… जवन कि पाहिले मिलत रहे… अब कुछ लोगन के कहनाम बाटे कि एकरो खाती मोबाईल फोन के टॉवर ज़िम्मेदार बाड़ी सss। मोबाईल फोन के टॉवर जहां तहां खड़ा कर दियाला… अब एकरा खाती का कहीं!... रिश्वत दियाला कि ना!… एकर जानकारी केजरीवाल साहब किहां बाटे कि ना!… ईss हमरा तनी पता लगावे के पड़ी…  वोइसे हमार कान में एगो बात आईल बीआ कि आम आदमी पार्टी… फ़िर से ईमानदार आदमी के तलाश कर रहल बिया… वोइसे हमार मन में एक ही सवाल बाटे कि रउआ ईss केजरीवाल साहब के कतना ईमानदार मानेनी?

आज साल के पहिला दिन हss एss ही से ढेर सोच तानी... वरना... हमरा एने वोने के बात सुनला से फुर्सत कहवाँ मीले ला| आज कल हमार दिमाग में 2019 में होखे वाली चुनाव के भूत सवार बाटे... एने रह रह के दिमाग में एक ही प्रार्थना घूम रहल बाटे कि अपना बंगाल में गुजरात नियन बिजनेस के माहौल बन जाए... सब नीमन आदमी के सही काम बन जाए... गलत आदमी जेल चल जाए... क्रिकेट प्लेयर्स के साथ साथ देश के बाक़ी खिलाड़ी भी करोड़पति ना सही लखपति बन जाए| आज साल के पहिला दिन हss... रउआ सभे प्लान बना ली जा... सब ठीक हो जाई... अरे! भईया! एक बार फिर कहब कि पॉजिटिव सोच जारी राखब... साल 2019 सब कर ठीक जाइ ईहे चाहब... अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट लेख में फिर मुलाक़ात होखी... ठीक से रहब सभे... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... जे आदमी अपना वाइफ से डेराला... उ सीधे स्वर्ग जाला अउर जे ना डेराला उनकरा खाती इ धरती ही स्वर्ग हो जाला...

bibi-content

ए ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बाय… सलाम नमस्ते|

You can share this post!

...