• West Bengal
  • Last Updated

आपन कोलकाता की सर्दी के भी एगो अलग ही मज़ा बाटे

साल 2019 में आज दूसरा हाली हम रउआ से मिल रहल बानी... सब ठीक बाटें बस अबकी सर्दी में तनी कमी बा... अब ईss जाड़ा हमरे कम लागता कि रउवो अइसने बुझाता... ओइसे आपन कोलकाता की सर्दी के भी एगो अलग ही मज़ा बाटे... भले ए साल तनी कम ही सही। खैर! हम तss भगवान् से इहे मनाव तानी कि कोलकाता के जल्दी से लन्दन बना दे... एss से केहू के मनोकामना भी पूरा हो जाई और हमनी के बिना पैसा खर्च किये बर्फ़बारी भी देखे के मिल जाई... कोलकाता लन्दन नियन साफ़ सुथरा बनी कि ना इss तss हम ना बता सकी मगर हाँ ! कुछ तss होखी जवना के देख के दिल गार्डेन गार्डेन हो जाई|

खैर! दिल के आजकल हम ज़्यादा काम ना करे देनी... कहीं दिल अगर टूट जाई तss हम दिल के एने वोने कैसे फेकब? भाई! हमरा से सड़क पर कचरा तss फेकल ना जाला... का करी? कबो-कबो तss इहो देखे में मिलेला कि अच्छा भला इंसान आपन-आपन बालकनी से कचरा के बैग सीधे सड़क पर दे मारेला... अब डिसिप्लिन के बात कई के का होखी एइजा तss नेता मंत्री भी क़ानून के ना माने चाहे ला लोग। कहीं पुलिस आपन काम करे चाहतिया तss ओमे भी नेता मंत्री के बलून नियन फुलल इगो के ठेस पहुंचेला... हम तss कुछ-कुछ अइसन नेता मंत्री के चिन्हेनी... जे कवनों तरह के रुल ना माने चाहे ला लोग... कई दफा तss इ भी बात हमरा कान में आईल बाटे कि नियम क़ानून आम जनता खाती बनावल जाला नेता मंत्री खाती ना... हमरा त इ हे ना बुझाला कि अपना देश के नेता मंत्री कब खुद के आम जनता समझी लोग| वोइसे अगर गौर कईल जाओ त इ बात सामने आयी कि इ नेता मंत्री के अगर केहू भगवान् बनवले बाटे... तss उss हमनी के ही... का उत्तर प्रदेश... का बिहार... का बंगाल... सब जगह के एक ही कहानी बाटे... बल्कि हम तss इहे कहब कि अपना बंगाल के नेता मंत्री के कम से कम दिल तss बाटे... इss बात से रउआ सभे भी इनकार ना करब... का जी ठीक कह तानी नू?

आज कल हम बॉलीवुड के कई स्टार से काफी खुश बानी... भाई... कई फिल्म अभिनेता अपना आप के सोशल वर्क से जोडले बा लोग... सबसे महत्वपूर्ण बात कि उ अभिनेता छुप-छुप के इ नेक काम में हाथ बटावता लोग और इss भी कहता लोग कि उनकरा इss काम से कवनों पब्लिसिटी ना चाहीं... हमार नाम मोगाम्बो त ना हss फिर भी हम बॉलीवुड स्टाइल में कहब कि मोगाम्बो खुश हुआ। साल के पहिला महीना ह... नीमन नीमन बात करे के चाही का जी? ठीक नू!

हमार नज़र खाली कोलकता पर ही ना रहेला... कोलकाता के बाहर भी हम ध्यान रखेनी... सब जगह के बात करत रहब... रउआ सभे खुश रही ... ज़िन्दगी के मज़ा लेत रही... जतना सर्दी मिल रहल बाटे उss सर्दी के एन्जॉय करत रही| अरे! हाँ! नयका गुड़ के मज़ा रउआ सभे कवन हद तक लेनी ह भा ले रहल बानी... अगर उ हमरा के बता देब… तss उ हमरा बहुते अच्छा लागी... आज चल तानी... नेक्स्ट लेख में फिर मुलाक़ात होखी... ठीक से रहब सभे| आपन काम मन लगा के करत रहीं... ज़िन्दगी में बढ़त रहीं... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... आजकल बाज़ार में कुछ अईसनों नकली आदमी भेटा जा रहल बा कि का कहल जाओ, उ लोगन से चाइना भी कन्नी काटेला... ए ही के साथ राउर इ रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बाय… सलाम नमस्ते|

bhoj-content

 

You can share this post!

...