• West Bengal
  • Last Updated

महंगाई का कम कमर तुड्ले बाटे कि हम एंटीबायोटिक्स खा के आपन शरीर तुड़वाई

सर्द मौसम... ओ पss से धूल... जाएँ तो जाएँ कहाँ... सर्दी... खांसी... और ज़ुकाम, तीनों के पॉकेट में रख के घूम रहल बानी| डॉक्टर बाबू के क्लिनिक में जाए से भी डेरा रहल बानी... अब काहे ना डेराई... एंटीबायोटिक्स से हमरा बहुत डर लागेला| महंगाई का कम कमर तुड्ले बाटे कि हम एंटीबायोटिक्स खा के आपन शरीर तुड़वाई| घर से निकले घड़ी हमार मम्मी खूब टेंशन में आ जाली... वजह बहुत सिंपल बाटे कि आज कल आपन शहर में कब कहाँ ट्राफिक जाम हो जाई केहू ना कह सके... वोइसे कहे के त बहुत कुछ बाटे पर कहीं तss का कहीं… अगर आपन शहर से बात शुरू कर तानी तss सबसे पहीले हम इहे कहब कि दीदी... का चाह तारी आ का कर तारी एकरा के लेकर... आज कल बड़ा तर्क - बितर्क हो रहल बाटे... हम मुहल्ला से मुहल्ला घूमत रहेनी... चाय दुकान पss लोगन से बतिआवत भी रहेनी... हाँ! हम आपन मुह ज़्यादा ना खोलनी... खाली लोगन के बात आपना कान में आवे देनी... कई तरह के बात आज कल चाय के साथ हवा में उड़ रहल बाटे... आजकल हर तरफ एक ही चर्चा बाटे कि... के कहंवा कतना पईसा खा के बईठल बा... का नेता का अभिनेता, सब कर नाम आ रहल बाटे... एने आम आदमी भी सोच में पड़ गईल बा कि... के सच कह रहल बा अउर के झूठ| खैर! सच अउर झूठ के पता तss चलिए जाई... जेकरा इमेज पर दाग लागे के लिखल बा उss भला कईसे रुकी| कहे वाला कह रहल बाटे कि दीदी और भाजपा में लड़ाई बड़ा भयंकर रूप ली... तss केहू कह रहल बाटे कि राजनीति में कब का होखी इss बतावल बड़ा मुश्किल बाटे... हम राजनीति और क्रिकेट लेके... कबो कवनो शर्त ना लगावेनी| खैर! नयका गुड़ के रसगुल्ला के मज़ा मिल रहल बाटे एss ही से खुश बानी... मौसम भी ठीके बाटे कबो गरम तss कबो जाड़ा... अच्छा तss अब हम चल तानी नेक्स्ट लेख में फिर मुलाक़ात होखी... ठीक से रहब सभे... चलत चलत अब एगो ज्ञान के बात बता दीं कि... मैथ्स के एग्ज़ाम में अक्सर फेल होखे वाला भी एक क्वार्टर के तीन पेग अईसे बनावे ला लोग जईसे उss कवनो लैब के साइंटिस्ट हss...

bhojpuri-content

ए ही के साथ राउर इss रेडियो अउर टीवी वाला दोस्त राकेश कह रहल बाटे टाटा... बाय... बाय… सलाम नमस्ते|

You can share this post!

...